‘लड़ब मरते दम तक’ 26 जुलाई से बिहार में रिलीज भइल
-

LMDT-3‘लड़ब मरते दम तक’ बिहार आ झारखण्ड में एके संगे तीस गो सिनेमाघर में पिछला 26 जुलाई के शानदार ढंग से रिलीज कर दिहल गइल. फिलिम देखे ला उत्सुक बड़हन भीड़ सबेरही से सिनेमाघर का बहरी खड़ा रहे. सिनेमा देख के निकलत लोग के चेहरा पर संतोष के भाव लउकत रहल कि चल पईसा वसूल हो गइल.

दुर्गा फिल्म्स के बैनर तले बनल एह भोजपुरी फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ में दर्शकन के विराज भट्ट के एक्शन फेर देखे के मिलल. एह फिलिम के परोसले बाड़ी सुनीला मिश्रा, निर्माता हउवें संजय कुमार मिश्रा आ निर्देशन जीत चटर्जी के बा फिलिम पूरा तरह से एक्शन, मनोरंजन से भरपूर आ साथ सुथर पारिवारिक फिलिम बावे जवन बाकी भोजपुरी फिलिमन से हट के बा. पूरा परिवार एकरा के एक साथ बइठ के देख सकेला काहे कि एहमें कवनो फूहड़पन नइखे.

फिलिम के कहानी गुमराह करे वाला दरिन्दर पर बा जे अपना लालच खातिर गरीबन के कुछ पइसा दे के मौत के मुँह में ठेल देलें. एह कहानी में किडनी गिरोह के पर्दाफाश भइल बा.

कलाकारन में विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुप्रेरणा सिंह, सीमा सिंह, सुदेश कौल, दीपक सिन्हा, के.के. गोस्वामी, उमाकांत राय, अनुपमा श्रीवास्तव वगैरह खास भूमिका में बाड़ें. लेखक के. मनोज सिंह, संगीतकार लाल सिन्हा, गीतकार अरविन्द तिवारी, बिपिन बहार, फणीन्द्र राव आ अशोक सिन्हा, एक्शन हीरा यादव, नृत्य संजय कोर्वे, संकलन जीतेन्द्र सिंह ‘जीतू’ अउर कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती हउवें.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts