बिहार में पंचायत चुनाव के सरगर्मी शुरु

हालही में पूरा भइल विधानसभा चुनाव का बाद बिहार फेर एगो चुनाव झेले के तइयारी बा. एह चुनाव में गाँवे गाँव अझुराई. कहल जाले कि मुखिया के चुनाव सांसद के चुनाव ले बेसी कठिन होला. काहे कि एहमें एक एक वोट के महत्व होला. बिहार में त्रिस्तरीय पंचायत के चुनाव आठ चरण में करावे के प्रस्ताव बा. चुनाव अगिला साल अप्रेल १७ से शुरु हो के मई १४ ले चली आ एह दौरान सबकुछ ठप जइसन हो जाई. आचार संहिता के बंधन तीन चार महीना खातिर बिहार के सगरी कार्यक्रम रोकवा दी.

एह चुनाव में १,१५,६७६ ग्राम पंचायत सदस्य, ओतने पंच, ८४६३ गो मुखिया, आ ओतने सरपंच, ११५६६ पंचायत समिति सदस्य, आ ११६२ जिला परिषद के सदस्य चुनल जइहें. चुनाव खातिर २० दिसम्बर से पहिले वोटर लिस्ट के तइयार कर लेबे के निर्देश दिहल गइल बा. अन्तिम वोटर लिस्ट ३१ जनवरी तक छप जाये के चाहीं.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।