बिहार में विद्यार्थियन के हेल्थ कार्ड बनावल जाई

बिहार सरकार अब स्कूलन में पढ़े वाला छह बरीस से चौदन बरीस के बीच के विद्यार्थियन खातिर हेल्थ कार्ड बनाई. ओकनी के सालाना स्वास्थ्य जाँच करावल जाई आ कवनो बीमारी मिलला पर ओकर इलाज करावल जाई. बिहार के स्वास्थ्य सेवा में बढ़िया सुधार आइल बा आ अब सरकारी अस्पतालन पर मरीजन के भीड़ बढ़ल जा रहल बा. बिहार के संतानबे फीसदी बच्चा अब स्कूल जाये लागल बाड़न जवन कि एगो बड़हन उपलब्धि कहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment