ईंट भट्ठा से बंधुआ मजदूरन के छोड़ावल गइल
-

जौनपुर जिला के जलालपुर थाना के केरांव गाँव से एगो ईंट भट्ठा पर काम करे वाला बासठ गो मजदूरन के मुक्त करा दिहल गइल. प्रशासन के कहना बा कि छत्तीसगढ़ से ले आइल मजदूरन के बंधक बना के राखल गइल रहे आ ओकनी से मजदूरी करावल जात रहुवे. अब ओह मजदूरन के ओकनी के घरे भेजल जा रहल बा. असल में होला ई कि ईंट भट्ठा पर काम करे खातिर मजदूर जुटावे के काम दलाल करे लें सँ जवन ओहिजा के गाँवन का संपर्क में रहेलें. भट्ठा का सीजन से पहिलही मजदूरन के एडवान्स दे दिहल जाला आ ओकरा बाद ऊ ठीकेदार भा दलाल ओह मजदूरन के भट्ठा पर चहुँपा देला. मालिक ओह मजदूरन के निगहबानी में राखेलें कि सीजन खतम होखे का पहिले भाग मत जा सँ भा कवनो दोसर भट्ठा वाला बहका मत ले जाव. अब प्रशासन आ कानून का नजर में इहे बंधक बना के राखल हो जाला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts