बिहार में हर गाँव टोला में बैंकिग सुविधा दिहल जाई

बिहार सरकार तय कइले बिया कि राज्य के हर दू हजार के आबादी पर बैंकिग सुविधा दिहल जाई. एह दिसाईं आठ हजार नौ सौ सैंतालिस गो गाँव के चिन्हित कइल गइल बा. बैंकिग वाली सुविधा किराना के दुकान, पैक्स, वसुधा केन्द्र, बा कवनो दोसरा सार्वजनिक जगहा पर दिहल जाई. बिहार के किसानन के आसान तरीका से करजा देबे खातिर जनवरी, फरवरी, आ मार्च में दस तारीख के हर प्रखण्ड में कृषि ऋण मेला आयोजित होखी. छोट मोट उद्योग लगावे खातिर एक करोड़ रुपिया तक के करजा बिना कवनो गारण्टी के दिहल जाई. जवन विद्यार्थी पढ़ाई खातिर साढ़े चार लाख रुपिया तक के करजा लिहले बाड़न ओह लोग के सुद ना देबे के पड़ी. बाकिर एकरा खातिर तीस दिसम्बर ले संबंधित बैंक में दावा पेश कइल जरुरी बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..