बिहार मे राष्ट्रपति शासन लगावे के मांग कइलन पासवान

पटना 28 अक्टूबर (वार्ता) लोक जनशक्ति पार्टी अध्यक्ष रामविलास पासवान भाजपा रैली में भइल बम विस्फोट के नीतीश सरकार के विफलता बतावत बिहार में राष्ट्रपति शासन लगावे के मांग कइले बाड़न.

कहलन कि खुफिया रिपोर्ट के बावजूद नीतीश सरकार भाजपा रैली खातिर सुरक्षा के पुख्ता व्यवस्था ना कइलसि जवना चलते छह लोग के जान चल गइल आ नब्बे आदमी घवाहिल हो गइले.

पासवान के कहना रहे कि एह घटना से साबित हो गइल कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हाथ मे बिहार सुरक्षित नइखे आ उनुका के तुरते
बर्खास्त क के राज्य मे राष्ट्रपति शासन लगा देबे के चाहीं.

कहलन कि जदयू के रैली ला पुख्ता सुरक्षा इंतजाम कइल गइल रहे आ अस्सी गो एम्बुलेस मौका पर मौजूद राखल रहे. बाकिर भाजपा रैली ला एको एम्बुलेस मौका पर मौजूद ना रहे आ लोग जइसे तइसे घवाहिलन के अस्पताल चहुँपावत रहले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।