बिहार विधानपरिषद के चार सीट के चुनाव

बिहार विधानपरिषद के चार गो सीट के चुनाव के अधिसूचना जारी हो गइल बा. सारण स्नातक, गया स्नातक, गया शिक्षक आ कोसी निर्वाचन क्षेत्र खातिर ई चुनाव होखे वाला बा. एह सीटन पर क्रम से महाचंद्र प्रसाद सिंह, अवधेश नारायण सिंह, प्रो अरुण कुमार आ संजीव कुमार सिहं जीतल रहले. एह लोग के कार्यकाल आठ मई के पूरा हो रहल बा. राज्यसभा आ विधानपरिषद लगातार बनल रहे वाली विधायिका हई सँ आ एहमें अलग अलग सीट पर अलग अलग समय चुनाव करवावत निरंतरता बनावल राखल जाला. विधानपरिषद के एगो सीट रामधनी सिंह का इस्तीफा से खाली भइल रहे जवना पर मानव संसाधन मंत्री पी॰के॰शाही निर्विरोध चुना गइले. एह सीट पर ई उपचुनाव रहे जवना खातिर बेसी उम्मीदवार ना होले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..