अब बीडीओ का बदले सीओ सर्टिफिकेट जारी करीहें
-

बिहार सरकार आम जनता के सुविधा खातिर नया निर्देश दे के हर प्रखण्ड में अंचलाधिकारी के अधिकृत कर दिहले बिया कि ऊ लोग अबसे आवेदन का एकइस दिन का भीतर जाति प्रमाण पत्र, आय प्रमाण पत्र अउर आवासीय प्रमाण पत्र बना के दे दी. नइखे बतावल गइल कि केहू के अगर एह प्रमाणपत्रन के जरुरत हड़बड़ी में रही त ऊ का करी. सरकार बाकी विभागो के सूचना भेज दिहले बिया कि अबसे अंचलाधिकारी के दिहल प्रमाण पत्र हर जगहा मानल जाई. चलऽ सत्ता के विकेन्द्रीकरण भइल. पहिले सब “प्रमाणपत्र” खाली बीडीओ का जिम्मे रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts