बिहार विधान परिषद के तीन सीट खातिर उपचुनाव

विधान परिषद के तीन गो सदस्यन, रामाश्रय प्रसाद सिंह, रामचंद्र प्रसाद, आ बादशाह प्रसाद आजाद, के निधन से खाली भइल सीटन खातिर उपचुनाव करावे के अधिसूचना आजु मंगल का दिने जारी कर दिहल गइल. एह उपचुनाव खातिर २९ अप्रेल ले परचा दाखिल करे के बा. दाखिल परचन के जाँच ३० अप्रेल के कइल जाई आ २ मई ले नाम वापिस लिहल जा सकी. एकरा बाद अगर तीन गो से बेसी उम्मीदवार रह गइलें त नौ मई के वोटिंग करावल जाई. मतगणना ओही दिन साँझ के कर लिहल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।