बीआरडी मेडिकल कालेज के पुरनका प्राचार्य लखनऊ भेजइलें


गोरखपुर 27 मार्च (वार्ता). गोरखपुर जिला जेल में बंद बाबा राघवदास मेडिकल कालेज के प्राचार्य रहल डा. राजीव मिश्र के उनुका हृदय रोग के जांच आ इलाज खातिर लखनऊ के डॉ राम मनोहर लोहिया इंस्टीटयूट आफ मेडिकल साइसेंस भेजल गइल बा.
आधिकारिक सूत्र से पता चलल बा कि बाबा राघव दास मेडिकल कालेज के मेडिसिन विभाग के डाक्टर जांच का बाद बतवलें कि डॉ मिश्र का हृदय के धमनियन में रूकावट बा आ अउरिओ न्य समस्या बा. आ उनुका के हायर सेंटर ला रेफर कइल गइल बा.
डॉ मिश्र के तबीयत सोमार के दिने अधिका खराब हो गइला पर एकर जानकारी उच्च अधिकारियन के दिहल गइल आ बेहतर इलाज ला उनुका के राम मनोहर लोहिया अस्पताल में भेज दीहल गइल जहां उनुका के इन्टेन्सिभ केयर यूनिट में भरती करावल गइल बा.
डॉ राजीव मिश्र पिछला साल 10 आ 11 अगस्त 2017 के मेडिकल कालेज में भइल 30 से अधिका बचवन के मौत का मामिला में स्वास्थ्य महानिदेशक चिकित्सा शिक्षा डा. के के गुप्ता के तहरीर पर पुलिस तब प्राचार्य रहल डॉ. राजीव मिश्र, उनुका पत्नी डॉ. पूर्णिमा शुक्ला, डॉ. कफिल खान, अउर डॉ. सतीस समेत नव लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज भइल रहुवे. ई सगरी लोग अबहीं जेले में बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।