बुध से बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा

बुध १३ मार्च से बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के दसवीं बोर्ड के परीक्षा शुरु होखे जात बा. एहमें साढ़े तेरह लाख से अधिका परीक्षार्थी शामिल होखीहें जवना लोग खातिर राज्य भर में एक हजार नौ सौ एगो परीक्षा केन्द्र बनावल गइल बा. परीक्षा के नकल विहिन बनावे ला प्रशासन सगरी तइयारी कर के बइठल बा. प्रश्न पत्र पढ़े आ समुझे ला पन्द्रह मिनट के समय अलगा से दिहल जाई. अगर कवनो केन्द्र पर सामूहिक नकल होत मिलल त पूरा केन्द्र के परीक्षा रद्द कर दिहल जाई आ केन्द्राधीक्षक पर कार्रवाई कइल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।