बैंक के कलेक्शन एजेंट से 28 लाख रुपिया लुटाइल

(प्रतीक फोटो)

आरा 28 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के गजराजगंज इलाका में बुध के दिनदहाड़े आईसीआईसीआई बैंक के कलेक्शन एजेंट से 28 लाख रुपिया लूट लिहले सँ अपराधी.
पुलिस सूत्र बतवलें कि आईसीआईसीआई बैंक के कलेक्शन एजेंट रूपेश कुमार रुपियन के वसूली क के मोटरसाइकिल से आरा शहर आवत रहुवे. एही बीच बिहिया-कटेया मार्ग पर बरगही मोड़ का नियरा दू गो मोटरसाइकिल पर सवार पांच गो हथियारबंद अपराधी ओकरा के रोक लिहलें आ असलहा का जोर पर ओकरा से 28 लाख रुपिया लूट लिहलें.
रुपेश के कहना बा कि ओकर पिटाइओ कइले सँ बदमाश. उनुका बयान पर केस लिख लीहल गइल बा आ पुलिस अपराधियन के गिरफ्तारी करे ला छापेमारी करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।