भउजाइयन का बीचे जज बन के अइलें प्रो॰ आर॰ के॰ दुबे

पिछला दिने बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रो॰ रविकांत दुबे महुआ चैनल के लोकप्रिय कार्यक्रम “भौजी नं॰ १” के सेमी फिनाले समेत कुछ कड़ियन में जज बन के भउजाइयन के प्रतिभा आँके के काम कइलें.

एह निर्णायक मंच में शामिल तीन गो जज में रविकांत दुबे का अलावे मशहूर गायिका विजया भारती आ लोकप्रिय गायक गोपाल राय शामिल भइलें. एह कार्यक्रम के एंकर हउवें प्रियेश सिन्हा. नोएडा  के फिल्म सिटी में महुआ चैनल के भव्य स्टूडियो में एह शो के कुछ कड़ियन के शूटिंग करा लिहल गइल बा.

प्रो॰ दुबे बतवलन कि फिलिम आ टीवी चैनलो का जरिए बिहार भोजपुरी अकादमी अपना साहित्यिक आ शैक्षणिक गतिविधियन के जानकारी लोग ले चहुँपावत बा. हालही में मॉरीशस ब्राडकास्टिंग कोरपोरेशनो पर भोजपुरी अकादमी के गतिविधियन पर बनल कार्यक्रम देखावल गइल रहे. महुआ चैनल के एहु कार्यक्रम में ऊ भोजपुरी अकादमी के उपलब्धियन के चरचा कइले बाड़न.


(बिहार भोजपुरी अकादमी के रपट)

1 Comment

  1. RAVI KANT DUBEY

    very true

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..