बिहार-यु.पी. में ‘हीरो’ प्रवेशलाल के जादु
-

भोजपुरी अभिनेता प्रवेशलाल यादव के अबही हाल में रिलीज फिलिम ‘हीरो’ के जादु सगरी बिहार-यु.पी. में दर्शकन का माथे चढ़ के बोलत बा. भारी बरखा का बावजूद एह फिलिम के बाक्स आफिस कलेक्शन एतिहासिक रहल बा आ दर्शक एह फिलिम के बड़ाई करत नइखन अघात. प्रवेश के भूमिका एह फिल्म में एगो सीक्रेट सर्विस पुलिस ऑफिसर के बा. आ एह फिल्म के प्रवेशलाल के अबही ले सबले बेहतर फिलिम बतावल जात बा.

बिहार के मोतिहारी, रक्सौल, सिवान, पटना, बक्सर, समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर, दानापुर, बेगुसराय, गया, बिहारशरीफ आ कोसी क्षेत्र में शानदार बिजनसे करे वाला एह फिल्म के बनारस के आनंद मंदिर में एक दिन के चारो शो में 50,247/- रूपये के नेट कलेक्शन मिलल जवन अबही ले कवनो दोसरा फिलिम के नइखे मिलल. पिपराइच के अनुराधा सिनेमाघर में एकर कलेक्शन रिकार्ड रहल.

बिहार आ यू.पी. के सिनेमाघरन में दुसरको हफ्ता में एकरा बम्पर कलेक्शन मिलत बा, मशहुर अग्रेजी दैनिक टाईम्स ऑफ इंडिया एह फिल्म के समीक्षा में तीन तारा दिहले बावे. फिल्म में प्रवेश के तकिया कलाम ‘‘नो टेंशन, नो बी.पी., बी हैप्पी, व्यस्त रहऽ, मस्त रहऽ” अब देखेवालनो के तकिया कलाम बनल जात बा. एह फिल्म के सफलता से प्रवेश लाल यादव सिनेमा भोजपुरी के भरोसेमंद सितारन का कतार में शामिल हो गइल बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts