भभुआ में दू जने गांजा का साथ गिरफ्तार

कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका में शेरशाह सूरी रोड पर आजु सबेरे पुलिस छापामारी क के एगो ट्रक मे ले जाइल जात चार क्विंटल 68 किलोग्राम गांजा का सांगे ट्रक ड्राइवर आ खलासी के गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस के सूचना मिलल रहे कि कुछ तस्कर एक ट्रक गांजा लेके उड़ीसा से वाराणसी ओर जात बाड़े, एही आधार पर पुलिस शेरशाह सूरी रोड पर एह ट्रक के पकड़लसि.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।