खाना बनावत घरी सिलेण्डर फटला से तीन गो बचवन के मौत
-

गोण्डा जिला के कटराबाजार इलाका के देवाबतिया गांव में राजकुमार के पत्नी रुबी काल्हु रात जब गैस पर खाना बनावत रही तबहिए सिलेंण्डर में विस्फोट हो गइल आ आग लाग गइल. एह हादसा में सात साल के रुबी, पाँच साल के हिमांशु के मौत त ओहिजे हो गइल आ ाढ़ाई साल के सत्यम के मौत अस्पताल में इलाज का दौरान हो गइल.

रुबी के इलाज जिला अस्पताल में चल रहल बा. बचवन के लाश पोस्टमार्टम ला भेज दिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..