भाजपा के लहरा के नीतीश चुप्पी साध लिहलें

नरेन्द्र मोदी का खिलाफ अपना भड़काउ भाषण से भाजपा के लहरा के नीतीश अब चुप्पी साध लिहले बाड़न. ओने भाजपा का तरफ से आधिकारिक बयान में कहल गइल बा कि मोदी के नीतीश से सर्टिफिकेट लिहला के कवनो जरूरत नइखे. भाजपा में सभे सेकूलर बा. नीतीश के भाषण से अनराज बिहार के नेता काल्हु दिल्ली चहुँप के भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह से भेंट कइलन आ आपन नाराजगी दर्ज करवलन. एह नेता लोग में गिरिराज सिंह, चंद्रमोहन राय आ अश्विनी कुमार चौबे शामिल रहलें. बाद में कहल गइल कि एह मामिला पर अबहीं कुछ बोलला के जरूरत नइखे समय अइला पर सही जवाब दे दिहल जाई.

ओने टाइम्स आफ इंडिया के एगो खबर का मुताबिक कर्नाटक विधान सभा चुनाव का बाद जदयू आ भाजपा के नाता रिश्ता टूटे के पूरा अनेसा बन गइल बा. नीतीश जहाँ ले बक चुकल बाड़न ओहिजा से पीछे लवटल उनुका ला संभव नइखे आ ओहिजा चहुँपल आदमी संगे निबाहल भाजपा से संभव नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।