भृगु मंदिर के कायाकल्प करावल जाई
-

नगर विधायक नारद राय काल्हु बलिया के भृगु मंदिर के दौरा कइलन आ बतवलन कि राज्य के पर्यटन मंत्री ओम प्रकाश सिंह भृगु मंदिर के विकास करे खातिर दू करोड़ रुपिया आंवटित कइले बाड़न. एह धन से मंदिर में एगो बड़हन हॉल, मेन गेट से मंदिर ले संगमरमर के फर्श, आ पूरा मंदिर परिसर में ईंटा बिछावल जाई. बतवलन कि काम जल्दिए शुरू कर दिहल जाई आ मंदिर के अइसन भव्य रूप दिहल जाई कि एकरा के पर्यटन का मानचित्र पर जोड़ल जा सके.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..