भारत बांग्लादेश के अपराधी के ओहिजा के सरकार के सउँपलसि

बांग्‍लादेश के अवामी लीग पार्टी के नेता रहल आ बांग्लादेश में सात लोग के खून करे वाला शातिर अपराधी नूर हुसैन के काल्हु भारत बांग्लादेश सरकार के सउँप दिहलसि आ ओकरा के ढाका भेज दिहलसि. नूर हुसैन साल 2004 में भाग के भारत चल आइल रहुवे. एहिजा ओकरा के गिरफ्टार कर के घुसपैठ करे आ नाजायज तरीका से असलहा राखे का आरोप में मुकदमा चलावल जात रहुवे.
जान जाईं जे एक दिन पहिले बांग्लादेश उल्फा आतंकी अनूप चेतिया के भारत के दिहलसि आ ओकरा एक दिन भारत नूर हुसैन के बांग्लादेश भेज दिहलसि. दुनू देशन के सरकार के कहना बा कि ई अपराधियन के अदला बदली ना होके दुनू देश के बीच के निमन संबंध का चलते भइल.
नूर हुसैन पर बांग्लादेश में 13 गो गिरफ्तारी वारंट जारी बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।