गोकशी आ बीफ का खिलाफ देश के सबले कड़ा कानून
-

हरियाणा सरकार के बनावल गोकशी आ गोमांस का खिलाफ देश के सबले कड़ा कानून के काल्हु राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के मंजूरी मिल गइल आ एकरा साथही ई कानून हरियाणा में लागू हो गइल. स्वागत करे जोग बात इहो बा कि एह कानून के समर्थन ओहिजा के इंडियन नेशनल लोकदल अउर कांग्रेस दुनू गोल कइले रहुवे.
एह कानून के लाँघे वाला के तीन बरीस से लेके दस बरीस तक के जेल आ एक लाख रुपिया तक के जुर्माना हो सकेला. एह कानून से हरियाणा में गोकशी, गाय के तस्करी, आ गाय के मांस खइला पर पूरा रोक लगा दीहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts