भोजपुरी अदाकारा रानी चटर्जी के हत्या के धमकी

महाराष्ट्र के परगाना से अजय कुमार पाण्डेय नाम के एगो अपराधी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. ओकरा पर आरोप बा कि ऊ बार बार फोन कर के भोजपुरी अदाकारा से पन्द्रह लाख रुपिया के रंगदारी माँगत रहुवे. जब रानी देबे के तइयार ना भइली त ऊ उनकर जान मार देबे के धमकी देबे लागल. धमकी से डेराइल रानी चटर्जी पुलिस में शिकायत कर दिहली जवना का बाद पुलिस ओक अपराधी के पता लगा के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..