भोजपुरी के एगो नया मनोरंजन चैनल अंजन टीवी

भोजपुरी मनोरंजन के मैदान में क्रांति करे का दिसाईं एगो नया मनोरंजन चैनल डेग बढ़वले बा. भोजपुरी के ई दुसरका मनोरंजन चैनल होखी बाकिर एकर कार्यक्रम के अंदाज अलगे तरह के होखे वाला बा. अंजन टीवी नाम के एह चैनल पर के हर कार्यक्रम संदेशपरक होखी.

अंजन टीवी के चैनल हेड मंजीत हंस के कहना बा कि उनुका चैनल के उद्देश्य दर्शकन के मनोरंजने करल ना, बलुक बल्कि स्वस्थ मनोरंजन कइल बा. एहसे कार्यक्रम बनावत घरी एह बात पर खास ध्यान दिहल गइल बा कि समाज के हर वर्ग के लोग एकर आनंद ले सकसु. अंजन टीवी पर योग, संगीत, फिल्म, धारावाहिक, ट्रेवल, भक्ति, रियलिटी शो, कोमेडी शो, लाइफ स्टाइल आ खाना खजाना से जुड़ल कार्यक्रम पेश होखी आ एह कार्यक्रमन के भोजपुरी फिल्म जगत के कलाकार होस्ट करीहें.

अंजन चैनल के टेग लाइन “जियो हर पल” का बारे में चैनल हेड मंजीत हंस बतवलें कि ई आध्यात्म से जुडल बा आ संदेश देत बा कि जीवन अनमोल ह, एकरा के खुशी, आपसी भाईचारा आ चेहरा पर मुस्कान लिहले बितावे चाहीं. कहलन कि चैनल के लोगो में त्रिनेत्रो के झलक मिलत बा. कहलन कि उत्तर भारत के लोगन के ओह लोग का अपना भाषा में बढ़िया कार्यक्रम दिहले चैनल के अकेला मकसद बा.


(स्रोत – अंजन टीवी)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..