भोजपुरी सिनेमा के चर्चित संगीतकार अजय-सतीश
-

भोजपुरी, आ हिंदिओ, सिनेमा में अपना संगीत से सुने वाला के मोह लेबे वाला संगीतकार अजय-सतीश के जोड़ी एह साल रिलीज भइल अपना हिंदी फिल्म “रक्तबीज” में अपना संगीत से लोग के झूमा दिहलें. एह लोग का म्यूजिक पर राखी सावंतो नचली. “ऱाक ऑन मीरा”, सुर संग्राम के दुनु सीजन आ नहले पे दहला के सफलता का बाद फेर हाल में ई जोड़ी “सुरों का महासंग्राम”ओ में संगीत दिहलसि.

हाल ही में अजय सतीश के संगीतकार जोड़ी दू गो हिंदी फिलिमन में संगीत दिहले बावे. अवधी फिल्म “उपकार” आ भोजपुरी फिल्म “लक्ष्मणरेखा” के संगीतो तइयार हो गइल बा.

महुआ चैनल के धारावाहिक “इ रिश्ता कवन काम के” में अपना संगीत से सजावे वाला अजय-सतीश के जोड़ी वाईस ऑफ़ इंडिया फेम अन्वेषा दत्ता, सुर संग्राम फेम मोंहन राठौर, आ सुरों का महासंग्राम फेम कल्पना सिंह से महुआ चैनल के धारावाहिक “इ रिश्ता कवन काम के” में गीत गववले बिया.


(स्रोत – भोजवुडन्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts