भोजपुरी के बढ़ावा देबे मारीशस के लोग आगे आइल

पिछला दिने दिल्ली में आयोजित एगो कार्यक्रम में मारीशस के पूर्व स्वास्थ्य मंत्री जगदीश गोबरधन कहलें कि मारीशस में भोजपुरी के सरकारी मान्यता मिल गइल बा आ अब उनकर कोशिश रही कि भारतो में अइसन हो जाव. कहलन कि मातृभाषा के ताकते रहे जे गिरमिटिया मजदूर बनि के ओहिजा गइल लोग आजु सरकार सलावत बा आ ओहि मातृभाषा के ओहि ताकत से भारत के गाँवन के जागरुक बनावे खातिर ऊ पचास दिन के भोजपुरी यात्रा पर मारीशस आइल बाड़न.

कार्यक्रम में मारीशस के मशहूर गायिका होसला देवीओ आइल रहली आ अपना गीत से गिमिटिया मजदूरन के व्यथा के अभिव्यक्ति दिहली. गीत के बोल रहे, “कलकत्ता से छूटल जहाज, भँवरवा धीरे चलऽ”.

कार्यक्रम मारीशस के इण्डियन डायस्पोरा सेण्टर आ भारत के विश्व भोजपुरी सम्मेलन का तत्वाधान में आयोजित रहे. अध्यक्षता करत वि.भो.स., दिल्ली के अध्यक्ष आ भोजपुरी साहित्यकार मनोज भावुक सम्मेलन के गतिविधियन के जानकारी दिहलन आ बतवलन कि अगिला राष्ट्रीय सम्मेलन ऋषिकेश में आ अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन हालैंड में करावल जाई. वि.भो.स. के केन्द्रीय सचिवालय मारीशस में बा जहवाँ से दुनिया के तमाम भोजपुरी भाषी राष्ट्रन के एक सूत्र में बान्हे के कोशिश हो रहल बा.

कार्यक्रम में स्वागत भाषण विभोस के राष्ट्रीय प्रचार प्रसार सचिव कुलदीप श्रीवास्तव दिहलें आ संचालन पत्रकार जयप्रकाश कइलन.

2 Comments

  1. मुकेश यादव Said.....

    जवन सपना पलत बा हर भोजीपुरीयन के आँख मेँ ,
    जरुर पुरा होई सबका के प्रयाश से ,
    हमरा पास खजाना ना बा ,
    मगर जरुरत पङी त जान भी दे देहब भोजपुरीया के सान मे ।

  2. amritanshuom

    मारीशस के मेहमान लोगन के हम आपन भोजपुरी देश में बहुत – बहुत स्वागत करत बनी .
    राउर पचास दिन के भोजपुरी यात्रा सफल होखो ई कामना भी करत बानी.

    धन्यवाद !
    ओ.पी .अमृतांशु