अँजोर दुनिया : जहाँ भोजपुरी के दोस्त लोग मिल बइठे
-

अँजोरिया हमेशा से भोजपुरी खातिर समर्पित रहल बिया आ अबहियो बिया. अनुभव से बतावल जा सकेला कि भोजपुरी में नेटवर्क त कई गो बाड़ी सँ बाकिर हर जगहा प्रतिबन्ध आ एडमिन के दखल से सदस्यन के कुछ दिक्कत बुझाला आ कई बेर लोग नेटवर्क से अलग हो जाला. ओह कमी के दूर करे खातिर अँजोरिया एगो नया मंच दे रहल बिया जहाँ रउरा बिना कवनो लाग लपेट के आपन बाति कह सकीलें.

बाकिर आजादी के मतलब उच्छृंखलता ना होला. आजादी तबही ले निर्बाध रह सकेले जब तक हमनी का आत्मसंयम से काम लीं. राउर आजादी दोसरा के गुलाम बनावे खातिर ना हो सके. केहू के आलोचना कइल आ ओकर छीछालेदर कइला में फरक होला. सार्वजनिक मंच पर व्यक्तिगत झगड़ा ना फरियावल जाव. ओकरा के अपना घरे सलटाईं, एहिजा ना.

दोसर सीमा जगह के बा. बाकी नेटवर्क पर जगह आ वेबलेंथ के सीमा नइखे. एहिजा मजबूरी बा. एहसे एक दिन में एक लेख से बेसी मत लिखीं. कवनो लेख में एगो से बेसी फोटो मत लगाईं. अपना वेबसाइट के लिंक दे सकीलें बाकिर दोसरा के वेबसाइट के ना. आपन प्रचार करीं, पूरा छूट बा, दोसरा के गरियाईं मत.

अतना संयम राख सकीं त अँजोरदुनिया पर रउरा पूरा आजादी बा आपन राय प्रकट करे के.

चलीं आजु से शुरु हो जाईं.

राउर,
संपादक, अँजोरिया

4 Comments

  1. Santosh Kumar

    sampadakji
    bada nik prayas.
    santosh patel

    Reply
  2. RANA RANJEET BASU

    RANA RANJEET BASU-BHOJPURI UTTHAN MANCH8896125767

    Reply
  3. RANA RANJEET BASU

    आप सब भोजपुरीया भ इया भोजपुरी भाषा अउर भोजपुरी माटी के कबहु जनि भुलाइब

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts