भोजपुरी फिल्मन के मिलल ओवरसीज मार्केट

भोजपुरी फिल्मन के पचास साल का इतिहास में पहिला बेर भोजपुरी फिल्मन के अंतरराष्ट्रीय स्तर पर प्रदर्शित होखे के मौका मिले जा रहल बा. हिंदी सिनेमा के निर्माण आ वितरण से जुड़ल मशहूर कंपनी इरोस इंटर नेशनल अब भोजपुरी सिनेमा के समुद्रपार बाजार उपलब्ध करावे का दिशाईं भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन से गठजोड़ कइले बिया. आ जवना फिल्म से एकर शुरुआत हो रहल बा ऊ ह निर्माता अनिल सिंह आ निर्देशक बबलू सोनी के फिल्म “सत्यमेव जयते”.

जाने जोग बात बा कि अबले भोजपरी सिनेमा के विदेशन में प्रदर्शन यदा कदा निर्माता के व्यक्तिगत प्रयास से ही होत आइल बा आ उहो कवनो एकाध देश में एकाधे दिन खातिर. बाकिर इरोस इंटर नेशनल अब भोजपुरी फिल्मन के बड़हन पैमाना पर विदेशन में फइलावे के जिम्मा लिहले बा. आ एह खातिर लगभग एक दर्जन देशन के चुनल गइल बा जहाँ भोजपुरी सिनेमा देखावल जाई. इरोस के प्राथमिकता में फिजी, सूरीनाम, गुयाना, मारीशस, बेंकोक आदि देश बाड़ी सँ. एह देशन में भोजपुरियन के संख्या पूरा बा. सत्यमेव जयते का बाद रवि किशन के दोसरो फिल्मन के ओवरसीज मार्केट उपलब्ध करावल जाई. सुपर स्टार रवि किशन के कहना बा कि एह फैसला से भोजपुरी सिनेमा खातिर एगो नया बाजार खुल रहल बा जवना के फायदा विदेशन में रहे वाला भोजपुरिया उठइहें जे चाहियो के भोजपुरी फिल्म ना देख पावत रहले. इरोस के एह कदम से भोजपुरी सिनेमा के नया ताकत मिलल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।