भोजपुरी वैज्ञानिक आ समृद्ध भाषा

वाराणसी 02 नवम्बर (वार्ता) दुनिया के पांच देश मे राष्ट्रीय भाषा के रुप मे मान्यता प्राप्त आ करोडो लोग के भाषा भोजपुरी खाली वैज्ञानिके ना समृद्धो लोकभाषा ह.

विश्व भोजपुरी दिवस पर उत्तर प्रदेश भोजपुरी संघ वाराणसी में एगो संगोष्ठी आयोजित कइले रहुवे जवना में बोले वाला लोग के कहना रहल कि विदेश के प्रवासी भारतीय आजुओ अपना धर्म कर्म आ संस्कार संस्कृति के रुप मे मातृ भाषा भोजपुरी के पूजा करेले.

विश्व भोजपुरी संस्थान के महासचिव अपूर्व नारायण तिवारी कहलन कि दुनिया में पचीस से तीस करोड़ लोग भोजपुरी बोलेला. भोजपुरी विद्वान प्रो. राम सुधार सिंह के कहना रहे कि तमाम झंझावात झेलत भोजपुरी भाषा जीवित बिया आ अपना के बचवले बिया. कहलन कि भोजपुरी भाषा के भारतो में संवैधानिक मान्यता मिले के चाहीं आ उत्तर प्रदेश मे भोजपुरी अकादमी के स्थापना होखे के चाही.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।