भोजपुरी सिनेमा के कलाकार पकड़ाइल

चोरी के एटीएम कार्ड से पौने दू लाख के गहना खरीद के भागल सिवान के इरफान अहमद खाँ के मुंबई पुलिस छपरा जंक्शन से बियफे का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि. बतावल जात बा कि इरफान भोजपुरी फिलिमन में काम करेला. मुंबई में एगो शेयर ब्रोकर के कर्मचारी आफिस से एटीएम कार्ड आ चेक बुक चोरा के इरफान के दे दिहलसि. इरफान ओकरा से पौने दू लाख के गहना खरीद लिहलसि. मामिला सोझा आइल त ऊ कर्मचारी पकड़ाइल आ सगरी बात बक दिहलसि. ओकरा के कहल गइल कि इरफान के बोलवाव कि मुंबई आवे. इरफान कहलसि कि अबहीं ना आ पाइब. तले तुहीं छपरा चलि आवा. तब पुलिस ओकरा साथे छपरा आइल आ भेंट करे आइल इरफान के दबोच लिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।