भोजपुर की लैला… दक्खिन के छैला..

भोजपुरी इंडस्ट्री में झंडा फहरवला का बाद सुप्रेरना सिंह के विजय रथ अब तेलगु फिलिमन में आपन विजय पताका फहरावत बा. वइसे तेलगु फिलिमन से सुप्रेरना के नाता बहुते पुरान ह. काशीपत्तनम आ नचाअलाद जइसन कामयाब फिलिमन से सुप्रेरना दक्खिन भारत में अपना प्रशंसकन के एगो बड़हन जमात बना लिहले बाड़ी. बहरहाल ‘नत्तिलोकपल्लू’नाम के एह तेलगु फिल्म में सुप्रेरना के जोड़ीदार होखीहें दक्खिन के सुपरस्टार भरत, जे एगो नामी राजनीतिक परिवारो से ताल्लुक राखेले.

एह रोमांटिक फिल्म में सुप्रेरना एगो बदमिजाज रईसजादी के रोल में बाड़ी जबकि भरत एगो गरीब आशिक बनल बाड़न जे अपना महबूबा के पावे खातिर अनेके मुसीबत झेलत बा. एह फिल्म में एह जोड़ी के मिजाज आ गेटअप देख के हूर के मिलल लंगूर वाला कहावत चरितार्थ होखत लउकी.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..