भोजवुड में बाप

VikrantSinghकर्तव्य, कुरुक्षेत्र आ ऐलान-ए-जंग जइसम फिलिमन में आपन धाक जमावे वाला विक्रांत सिंह अब भोजवुड में बाप बने ला तइयार हो गइल बाड़े. जल्दिए उनुकर एगो नया फिलिम आवे वाली बा “बाप”. एह फिलिम में गाँव के एगो अनेरिया लइका राजनीति में उतर जा ता इ सगरी राजनीति अपना हाथे ले के बन जात बा सभकर “बाप”.

एही कथानक के रोचक अंदाज़ में फिल्मावे के कोशिश कइले बाड़न निर्देशक रवि कश्यप. उनकर कहना बा कि अपराधी हालात से उपटेलें. समाज के कुछ लोग आपन हित साधे खातिर ओहनी के उपटावेला आ जब ऊ खुदे जड़ पकड़े लागेला त फेर उहे लोग ओकरा के खतम करे में लाग जालें. बाकिर तले ले ऊ अपराधी अतना ताकतवर हो गइल रहेला कि ऊ ओही लोग का खिलाफ हथियार उठा लेला.

देखल दिलचस्प रही कि का “बाप” के बाद विक्रांत बन जइहें भोजवुड के असली बाप?


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।