संजय पांडे अउर सीमा सिंह बन गइल साधू सधुआइन
-

SeemaSanjaySadhuसफलता मिलला का बाद सितारन के सब कुछ मिल जाला, आजादी छोड़ के. सिनेमा भोजपुरी के नम्बर वन खलनायक संजय पांडे आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के साथे मोतिहारी में इहे भइल. ओहिजा ई लोग ‘कसम वर्दी के’ फिलिम के शूटिंग करत बा. क्लासिक फिल्म्स के बैनर तले निर्माता कांतिलाल पी. मारू के एह फिलिम के नायक हउवें एक्शन स्टार विराज भट्ट. बतावत बा लोग कि विराज भट्ट, संजय पांडे आ सीमा सिंह के एक झलक देखे ला सेट पर भारी भीड़ लागल रहत रहे. एही बीच संजय पांडे आ सीमा सिंह के कुछ बाजार करे के रहल. ना त सीमा सिंह के समझ आवे ना संजय पांडे के कि कइसे निकलल जाव. अचके में निर्देशक दिनेश यादव आ विराज भट्ट के एगो आयडिया सूझल. ऊ लोग संजय पांडे आ सीमा सिंह के साधू, सधुआइन बना के आ कमण्डल थमा के बाहर भेज दिहल. मजे क बात कि केहु एह लोग के चिन्हल ना आ ई लोग दिन भर बाजारी में घुमल आ खरीदारी कइल.

एह अनुभव के कबो ना भुलावे वाला अनुभव बतावत संजय पांडे आ सीमा सिहं कहता कि जब ऊ लोग बड़का दुकानन में घुसे त दुकानदार ध्यान ना द सँ. आ जब बतावल लोग कि सामान खरीदे के बा त अचकचा जा सँ.


(शशिकांत सिहं)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..