मधुप श्रीवास्तव के मिलल भिखारी ठाकुर सम्मान

madhup-pro
औराई गाँव निवासी पप्पु श्रीवास्तव आ अनीता श्रीवास्तव के सुपुत्र मधुप श्रीवास्तव के लोकनाट्य सम्राट भिखारी ठाकुर के 125 वाँ जयंती के मौका पर कुतुबपुर, छपरा में आयोजित जयन्ती समारोह में भोजपुरी फिल्म पत्रकारिता में विशेष योगदान खातिर भिखारी ठाकुर सम्मान-2012 से सम्मानित कइल गइल. उनुका के गीतकार आ फिल्म निर्मात्री डॉ रंजू सिन्हा आ भिखारी ठाकुर संस्थान के अध्यक्ष ललन राय अउर सचिव कृष्ण कुमार वैष्णवी के हाथे सम्मानित कइल गइल.

मधुप बतवले कि ई सम्मान उनुका माता-पिता, बड़का भाई अनूप श्रीवास्त, रिश्तेदार आ हीत मीत के प्यार अउर आशीर्वाद के फल ह. मधुप वास्तव भोजपुरी फिलिमन के बढ़न्ती ला एकर कमी उजागर करे खातिर फिल्म सेंसर बोर्ड मे आरटीआई डलले रहले जवना के पूरा जबाब आजु ले सेंसर बोर्ड नइखे दे पवले. मधुप भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री की आवाज नाम से एगो गोल बना के फिल्म इंडस्ट्री का बारे में चर्चा परिचर्चा करत रहेले. देश-विदेश के मीडिया में भोजपुरी सिनेमा के खबरन के प्रकाशन ला मधुप हमेशा लागल रहेले. सम्मान पा के मधुप बहुते खुश बाड़े आ कहत बाड़े कि अब अउर जोरदार तरीका से एह काम में लगीहें.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।