मधुबाला के चाहत में राजवीर यादव

RajveerYadav
हरफन मौला कलाकार, हर तरह के किरदार के जियतार बना देबे में माहिर अभिनेता राजवीर यादव जल्दिए एगो भोजपुरी फिलिम ‘मधुबाला’ में गो मजगर भूमिका में नज़र अइेहें.

वॉइस मोंक फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर में निर्माता सत्यम शिवम के ई फिलिम रहस्य-रोमांच से भरल एगो आपराधिक प्रेम कहानी ह. निर्देॅशन श्रीगोपाल के बा. फिलिम के कहानी तिकोनिया प्रेम प बा. एह सस्पेंस-थ्रिलर कहानी के कथा-पटकथा अशोक नारायण के लिखल ह आ संवाद श्रीगोपाल के. गीतकार माइकेल बिहारी, संगीतकार अमरेश शाहाबादी, छायांकन हीरा सरोज के, आ सह-निर्मात्री सुप्रीति शिवम अउर विभा सिन्हा हई.

कलाकारन में राजवीर यादव, राकेश मिश्रा, तनुश्री चटर्जी, अर्चना सिंह, गिरीश शर्मा, उत्तम झा, मेहनाज, शशि भूषण आ अशोक नारायण के नाम मुख्य बा.

उत्तर प्रदेश के भदोही जिला के विक्रमपुर के मूल निवासी राजवीर यादव अभिनीत अनेके फिलिम आ चुकल बाड़ी स. जेहमें सईंया सिपहिया, झुलनियाँ लाई द राजाजी, पिया तोसे नैना लागे, उमरिया कईली तोहरे नाम, रंगली चुनरिया तोहरे नाम वगैरह शामिल बाड़ी सँ. एकरे अलावे कुछेक हिन्दीओ फिलिम में राजवीर काम कइले बाड़न जइसे कि जातिवाद, ऐसी दीवानगी, सिन्दूर वगैरह.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।