‘नगीना ‘ के सेट पर संभावना सेठ घाहिल
-

Chintu-Sambhawna-Nagina
अपना ठुमका से लोगन के वाह-वाही बटोरत आइल अभिनेत्री आ आइटम गर्ल संभावना सेठ पिछला दिेन ‘नगीना’ फिलिम के सेट पर एगो छोटहन एक्सीडेंट के शिकार हो गइल जवना चलते उनकर गोड़ में चोट लाग गइल.

एह बारे में बतियावत निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय कहलन कि ‘संभावना बहुते बढ़िया कलाकार हई आ शूटिंग मे लागल चोट का बावजूद कुछ देर आराम क के फेरू से काम में लाग गइली. हमरा हर फिलिम में संभावना जी शामिल रहेली काहे कि उ नीमन अदाकारा होखला का साथही नीमन इंसानो हई आ आपन काम हमेशा बढ़िया से निभावेली.’

एह फिलिम के शूटिंग गुजरात में भइल बा आ एगो गाना के शूटिंग मुंबई में चलत रहुवे. जल्दिए अब एकर पोस्ट-प्रोडक्शन काम शुरू हो जाई.

‘नगीना’ में एगो अलगे अंदाज में नजर अइहन ‘चिंटू’

‘जीना तेरी गली में’ आ ‘देवरा भईल दिवाना’ जइसन सफल फिलिम दे चुकल कलाकार प्रदीप पाण्डेय चिंटू अब ‘नगीना’ में धमाल मचावे जात बाड़न. एह में उनकर एगो अलगे अंदाज आ लुक नजर आई. पहिले के फिलिमन वाला बिंदास रोमांटिक हीरो वाला रूप नगीना में नइखे उनकर.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts