मधुमिता हत्याकाण्ड के दोषी अमरमणि के राहत ना मिलल

मधुमिता शु्क्ला हत्याकाण्ड में उमरकैद के सजा भुगतत अमरमणि त्रिपाठी आ उनुका मेहरारू मधुमणि त्रिपाठी समेत चार जने के उत्तराखंड हाई कोर्ट से कवनो राहत ना मिलल आ हाई कोर्ट एह लोग के मिलल उमरकैद के सजा बरकरार रखलसि. साथ में निचली अदालत से सबूत का कमी का चलते छोड़ दिहल गइल प्रकाश पाण्डे के उमर कैद के सजा सुना दिहलसि. पुलिस से कहल गइल बा कि प्रकाश पाण्डे के जल्दी से जल्दी गिरफ्तार कर लिहल जाव.

अमरमणि के प्रेम में फँस के मधुमिता शुक्ला पेट से हो गइल रही आ जब ऊ आपन हक मँगली त उनुका के गोली मरवा दिहल गइल रहे. सत्ता के हनक में अमरमणि के पूरा भरोसा रहुवे कि ऊ साफ छूट जइहें बाकिर कानून के लमहर हाथ उनकर गरदन धइए लिहलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..