सड़क दुर्घटना में उनचालीस श्रद्धालुवन के मौत

महाराजगंज के इटहिया सिव मंदिर में जल चढ़ावे खातिर नेपाल के त्रिवेणी संगम से पानी भरे जात श्रद्धालुवन से भरल बस नेपाल के नवलपरासी इलाका के झुलनीपुर का लगे गंडक नहर में पलट गइल जवना चलते ओह पर सवार उनचालीस गो श्रद्धालुवन के मौत हो गइल. बारह लोग घवाहिलो भइल बा. मरे वालन में महाराजगंज के निचलौल तहसील के निवासी रहलें. प्रदेश सरकार मरेवालन के परिजन के एक एक लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान कइले बिया. नेपाल में भारतीय दूतावास के अधिकारी मौका पर चहुँप के शव भेजवावे के इंतजाम में लागल बाड़ें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..