मनमोहन तिवारी अब फिलिमो में

‘‘राखी के स्वयंवर’’ फेम मनमोहन तिवारी अब फिलिमो में जलवा बिखेरीहें. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ मुंबाजी आर्ट्स के पेशकश आ महेश पाण्डेय के बनावल ‘‘रानी चली ससुराल’’ से मनमोहन तिवारी बतौर नायक बड़का परदा पर इंट्री मारत बाड़े. लेखक-निर्माता महेश पाण्डेय के एह फिल्म में मनमोहन के नायिका बाड़ी भोजपुरी के स्टार अदाकारा रानी चटर्जी.

फिल्म में मनमोहन रानी के प्रेम का साथे मनमोहन के एक्शनो के तड़का मारल बा. निर्देशक हउवें मुकेश पाण्डेय. कलाकारन में मनमोहन आ रानी चटर्जी का साथे संजय पाण्डेय, मनोज टाईगर, विकास सिंह, विजय मिश्रा, मनोज वर्मा, प्रिया पाण्डेय, जय सिंह, ललन सिंह वगैरज के खास भूमिका बा. गीतकार बिनय बिहारी अउर अमिताभ नंदा, संगीतकार सुरेश आनंद, आ संवाद लेखक माधो निराला हउवें.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..