भोजपुरी परदा मल्टीस्टारर फिलिम ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’
-

सिनेमा भोजपुरी के परदा पर मल्टीस्टारर फिल्म ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’ धमाल मचावे खातिर तइयार बा. आयुष्मान मीडिया इंटरटेनमेंट प्रा. लि. के बैनर तले बनत सुपरहिट फिल्म ‘‘देवरा बड़ा सतावेला’’ आ “मैं नागिन तू नगीना” फेम दिलीप जायसवाल के पेशकश ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’ फिलिम के पूरा शूटिंग पिछला दिने बनारस का अनेके मनोरम लोकेशन पर कराके पूरा कर लिहल गइल.

निर्माता अमिताभ चन्द्रा के एह फिल्म के निर्देशक हउवें भोजपुरी सिनेमा के नंबर 1 निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के तीन गो बड़का स्टार सुपर स्टार पवन सिंह, एक्शन स्टार मनोज पाण्डेय, आ नयका सितारा प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू’ बाड़े. एह लोगन का साथे बाड़ी हॉट अदाकारा काव्या सिंह, स्मृति सिन्हा, आ अक्षरा सिंह. साथ में प्रतिभा पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, ब्रजेश त्रिपाठी, अयाज खान, के.के. गोस्वामी, गोपाल राय, वंदिनी मिश्रा, अनुप अरोड़ा, चांदनी, राकेश यादव आ किरण यादव खास भूमिका में बा लोग.

गीत लिखल हवे राजकुमार आर पाण्डेय, विनय बिहारी, प्यारे लाल यादव, पप्पू ओझा, श्याम देहाती आ आर. आर. पंकज के जबकि सुने में नीक संगीत हवे मधुकर आनंद के. छायांकन रवि चन्द्रन, नृत्य कानू मुखर्जी, संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतू. आईटम क्वीन सीमा सिंह आ नाच नचईया धूम मचईया फेम निसार खान पर एगो दिलकश आइटम गीत फिल्मावल गइल बा, एक्शन मास्टर हउवं सिंग इज किंग.

फिल्म 4 मई से देखावल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts