मनोज तिवारी आ असलम शेख फेरू एक साथ

ImtiazAslam
सात बरीस बाद मेगा स्टार मनोज तिवारी आ सुपर निर्देशक असलम शेख के हिट जोड़ी फेरू एक साथ फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ में काम कइले बाड़े. एह जोड़ी के फिलिम बंधन टूटे ना, प्यार के बंधन, धरती कहे पुकार के, जनम जनम के साथ वगैरह दर्जनो फिलिम आजुओ भोजपुरी फिलिम देखे वालन के जेहन में मौजूद बा.

‘औरत खिलौना नहीं’ फिलिम का बारे में बतावत असलम शेख के कहना बा कि एह घरी उ कई एक फिलिमन ला काम करत बाड़े आ उनुकर अगिलो फिलिम मनोजे तिवारी का साथे बा. एकर शूटिंग नवंबर २०१४ में शुरू होखी. कहलन कि हमेशा से पारिवारिक फिलिम बनावत आइल बाड़न आ दर्शकन का मांग पर अबकी ‘औरत खिलौना नहीं’ फिलिम बनवले बाड़न. एहमें बहुते अइसन सीन बा जवना के देख दर्शक अचकचा जइहें.

‘औरत खिलौना नहीं’ के निर्माण आर.ए.आए.एस ३९ फिल्म्स के बैनर में अविनाश अरोड़ा आ मोहम्मद असलम कइले बाड़न. परोसले बाड़े शंकर अरोड़ा.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, रिंकू घोष, इम्तियाज़ असलम, मोनलिसा, मोहिनी घोष, शैलेश सिन्हा, संभावना सेठ, अयाज़ खान, अवधेश मिश्रा वगैरह नजर अइहें. एह फिलिम से इम्तियाज़ असलम अपना अभिनय करिअर के शुरुआत करत बाड़न. इम्तियाज़ निर्देशक असलम शेख के बेटा हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।