मनोज तिवारी साथे संजय पांडे

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ मेगा स्टार मनोज तिवारी फिल्म ‘यादव पान भंडार’ में साथेसाथ अइहें. निर्माता जितेश दूबे आ निर्देशक अजय कुमार हउवें. मनोज तिवारी से दू दू हाथ कर के लवटल संजय पांडे के कहना बा कि मनोज तिवारी जइसन व्यवहारिक कलाकार भोजपुरी वर्ल्ड में बहुते कम बाड़ें. कहलें जब मनोज तिवारी का साथे एह फिल्म खातिर जितेश दूबे उनुका के बतौर मुख्य खलनायक साईन कइलन त ऊ अचकचा गइल रहलें. संजय खातिर ई बहुते बड़ सरप्राईज रहल.

वइसे बतावे लायक बा कि संजय पांडे भोजवुड के हर स्टार का साथे काम कर चुजल बाड़न. दोसर ई कि उनुकर सगरी फिलिम सुपर डुपर हिट रहल बाड़ी सँ.साल 2010 में ‘दिवाना’, ‘लहरिया लूटा ए राजा’, ‘सईंया के साथ मड़इया में’, ‘सात सहेलियां’ अउर ‘देवरा बड़ा सतावेला’ सुपर हिट रहली सँ. एह साल 2011 में संजय पांडे के बतौर खलनायक चार गो फिलिम प्रदर्शित भइल बा आ चारो फिल्म ‘दिलजले’, ‘होत बा जवानी जियान ए राजा जी’, ‘दुश्मनी’ अउर ‘नाग नगीना’ एह साल के बड़हन हिट गिनात बा. अबही एह साल संजय पांडे के अउरियो कई गो बेहतरी फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।