अमित कुमार गवले ‘मिटे ना सेनुरवा’ खातिर

मशहूर गायक अमित कुमार पिछला दिने विष्णु प्रिया सेवन आर्ट्स के भोजपुरी फिल्म ‘मिटे ना सेनुरवा’ खातिर एगो गाना रिकार्ड करवलें. सुधाकर शर्मा के लिखल गीत के संगीत एस.आर. राजन के बावे आ डी.जे. सुपर साउण्ड स्टूडियो, अंधेरी (प.) में रिकार्ड करावल गइल, ओकरा बाद रेखा राव अउर शोभा बनर्जी का आवाज में दोसरो एगो गीत ओहिजे रिकार्ड भइल.

एगो स्त्री के भक्ति भावना पर बनल एह फिल्म के निर्माता भारत रावल आ निर्देशक राजकुमार परदेसी हउवें. फिल्म के शूटिंग अब शुरू होखे जात बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts