मन्टुलाल बन गइलन सिनेमा भोजपुरी के परेश रावल

Mantulalसिनेमा भोजपुरी के परेश रावल कहाए लागल बाड़न अभिनेता मन्टुलाल. अपना बढ़िया अभिनय का बल पर भोजपुरी इंडस्ट्री के सगरी बड़का बैनर संगे काम कर चुकल हास्य अभिनेता के रूप में पहिला पसंद बन गइल बाड़न.

मशहूर वितरक, निर्माता आ विधायक डॉ. सुनिल, आ निर्देशक सुब्बा राव दिलेर आ प्रेम दिवानी में मन्टु लाल के अभिनय देखके उनुका के भोजपुरी इंडस्ट्री के परेश रावेंल बना दिहले बाड़े. पुरान आ मशहूर निर्माता अभय सिन्हा आ चर्चित निर्देशक अजय श्रीवास्तव अजंन टीवी के होली उत्सव कार्यक्रम में मंटूलाल के कॉमेडी आ एकॅंरिंग, आ यशी फिल्म्स के फिलिम “दुल्हे राजा” में मन्टु लाल के अभिनय देखके कहले कि भोजपुरी इन्डस्ट्री के परेश रावल जइसन हरफन मौला कलाकार मिल गइल मंटूलाल का रूप में. कुशल निर्देशक राजकुमार पान्डेय, निर्माता दिलीप जयसवाल आ अमिताभ चन्द्रा “ट्क ड्राईवर”, “नागीन”, आ “सौगन्ध गंगा मईया के” फिलिमन में मन्टुलाल के अभिनय देखत उनुका के भोजपुरी इन्डस्टी के परेश रावल बतवले रहे.

त अब देखल जाव कि बडका निर्माता निर्देशकन के आशीर्वाद आ दर्शकन से मिलत जबरदस्त प्यार मन्टुलाल के कवना उचॉई ले ले जात बा. आखिर सभे त इहे कहत बा कि सिनेमा भोजपुरी के एगो हरफनमौला अभिनेता आ बढ़िया इन्सान मिलल बा मन्टु लाल के रुप में.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।