‘अबही बानी नादान’ के संगीतमय मुहूर्त
-

AbahiBaniNadaanपिछला दिने शक्ति विनायक मूवी के बैनर में बने जात ‘अबही बानी नादान’ फिलिम के संगीतमय मुहूर्त पटना के महुआ स्टूडियो में अनेके जानल मानल जगत हस्तियन का मौजूदगी में कइल गइल. निर्देशक कुमार विजय बतवलन कि ई फिलिम पारिवारिक रही आ कॉमेडी से भरपूर मनोरंजन दी. शूटिंग अगिला महीना से गोपालगंज में कइल जाई.

फिलिम में आठ गो गाना बाड़ी सँ आ एकनी के रिकार्डिंग के काम पटना में हो रहल बा.

निर्माता शौकत अली, निर्देशक कुमार विजय, गीत सुनिल यादव, लक्ष्मण सिंह, संगीत लाटेव बावल, नृत्य कानू मुखर्जी, छायांकन दीपू श्रीवास्तव, फाइट सिंह इज किंग, लेखक सुमित यादव, सह निर्माता अजर हासमी आ मुख्य कलाकार रहीहे सैला चड्ढ, अजहर हाशमी, शौकत अली, गुंजन कपूर, हरेन्द्र चौधरी आ गोलू.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts