दस साल बाद आइल मनोज तिवारी के रोमांटिक एलबम ‘हमरी पानी पूरी’
-

Panipuri-manoj-tiwariसिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी दस साल बाद एगो एलबम ले के आइल बाड़े. एह रोमांटिक एलबम के नाम ह ‘हमरी पानी पूरी’ आ एकरा के टी-सीरीज जारी करत बावे. एहसे पहिले मनोज तिवारी के कवनो एलबम साल 2003 में आइल रहुवे ‘शहर के तितली’. ‘शहर के तितली’ लमहर उड़ान भरले रहे आ हरतरफ एकरा सफलता के रिकार्ड दर रिकार्ड बनल रहे.

अपना नयका एलबम ‘हमरी पानी पूरी’ के मनोज तिवारी लाजवाब एलबम बतावत बाड़े आ कहत बाड़े कि एहमें ढेर दिन से मुंबई में आ बसल उत्तर भारतीयन के असर देखे के मिली. बतवले कि एहमें कुल सात गो गाना बा. एहमें मनोज तिवारी के संगही ‘क्लोजअप भारत की शान’ के गायिका शैली आ ‘नहले पे दहला’ के सुरभि के गवनई शामिल बा. गीतकार हउवें खुद मनोज तिवारी, प्रमोद पांडे आ विकास सिंह. संगीत दिहले बाड़न मनोज तिवारी, मधुकर आनंद, आ अजय-सतीश. एकर शूटिंग मुंबई, पनवेल आ हालैण्डो में भइल बा.

‘हमरी पानी पूरी’ में पाकिस्तानी एक्ट्रेस आयशा आ मोनालिसा के मनोज तिवारी संगे डांस के जलवो शामिल बा. टी सीरीज के दावा बा कि दर्शक एह एलबम के जरूर पसंद करीहें.

एह एलबम के अंबिका ग्रुप प्रस्तुत कइले बा आ आनंद बिहारी यादव निर्माता हउवें. निर्देशित कइले बाड़न समर के. मुखर्जी आ जोगाड़ जुटवलें शिशिर पांडे. एलबम में मनोज तिवारी के नचावे के निर्देशक रहले संजय कोचिकोर्वे आ राजन भारती.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts