ममता राउत के अनके अवार्ड मिलल


सुर संग्राम उप विजेता आ बहुचर्चित पार्श्वगायिका ममता राउत नित नया कामयाबी क राह तय करत जात बाड़ी. पिछला 22 मार्च 2012 के मुंबई के शंमुखानंद हाल में आयोजित ‘बिहार दिवस’ कार्यक्रम में अभिनेता शत्रुघ्न सिन्हा के हाथे ममता के “बिहार सम्मान” से सम्मानित कइल गइल. फेर 26 मार्च 2012 के दिल्ली में भइल ‘छठवां विश्व भोजपुरी सम्मेलन’ में “पूर्वांचल संगीत सम्मान” के अवार्ड दिहल गइल.

एह घरी दूरदर्शन पर प्रसारित होखत ‘भारत की शान’ शो में लगातार दू हफ्ता ‘बेस्ट परफार्मर ऑफ़ द डे’ के ख़िताबो से नवाजल गइली ममता राउत. अबही ले नाहियो त तीस गो भोजपुरी फिलिमन में पार्श्वगायन कर चुकल बाड़ी ममता राउत. उनकर पहिला फिल्म रहे ‘पियवा बड़ा सतावेला’ जवना ला ममता के गावल हिट गीत ‘झाड़ू पोछा करब नाही…’ रानी चटर्जी पर फिल्मावल गइल. हालही में ममता निर्माता के०के० वर्मा के फिल्म ‘घमासान’ में ‘हम चिक्कन मक्खन मलाई…’ गीत रिकार्ड करवली.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।