‘सुरो के महासंग्राम’ के ग्रैन्ड फिनाले में यू.पी. क प्रतिनिधित्व करीहें कल्पना सिंह
-


महुआ टी०वी० के लोकप्रिय सिंगिग रियलिटी शो ‘सुरों के महासंग्राम’ के ग्रैन्ड फिनाले में यू.पी. के प्रतिनिधित्व करीहें शाहगंज (जौनपुर) के कल्पना सिंह (मिंकी) जे यू.पी. से एह शो के फाइनलिस्ट बाड़ी. उनुकर मुकाबला बिहार आ झारखण्ड के फाइनलिस्टन से बा. संगीत शिक्षक रहल स्व० रामलखन सिंह के सुपुत्री कल्पना सिंह अपना पापा के सपना पूरा करे ला ई शो जीतल चाहत बाड़ी.

कल्पना के बड़ भाई राम सिंह ढ़ोलक बजावेलें आ उनुकर बड़की बहिन भावना एक बढ़िया स्टेज कलाकार हई.

अबहीं तकले के वोटिंग में कल्पना सबले पीछे चलत बाड़ी आ ऊ सबका से निहोरा करत बाड़ी कि उनुका के बेसी से बेसी वोट के जितावे लोग. काहे कि अंतिम फैसला त जनते के वोट से होखे वाला बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..