सिनेपोलिस में गूंजल प्यार जिंदाबाद क नारा
-


बरीसन पहिले बरसो पहले अमिताभ बच्चन आ रजनीकांत संगे अनेके हिट फिल्म बना चुकल तेलगु के मशहूर फिल्म निर्माण कंपनी श्री राघवेन्द्र फिल्म्स अब एगो लमहर अरसा बाद फेर उत्तर भारत के रुख कइलसि आ भोजपुरी फिलिम “प्यार जिंदाबाद” बनवलसि. पिछला हफ्ता एह फिल्म के प्रीमियर शो पटना के मशहूर सिनेमाघर सिनेपोलिस में कइल गइल.

एह मौका पर फिल्म के नायक पंकज केसरी, नायिका सेजल शर्मा, संगीतकार सिद्धार्थ श्रीवास्तव समेत पटना के बहुते जानल मानल हस्ती मौजूद रहली सँ.

बिहारी अभिनेता पंकज केसरी कहलन कि बिहार उनकर जन्मभूमि ह एहसे ऊ बिहारे में आपन फिल्मी कार्यक्रम कइल चाहेलें.


(रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts