मल्लिका-ए-हिन्दुस्तान कहली कि मोदी शाहंशाह ना हउवन

पिछला यूपीए सरकार का दौरान मल्लिका-ए-हिन्दुस्तान के जिनिगी जिए वाली सोनिया गाँधी के दामाद राबर्ट वाड्रा के नाम कवनो ना कवनो घोटाला में सामने आवते रहेला. एक बेर वाड्रा के नाम हथियार घोटाला में सोझा आइल बा. जब कांग्रेस के कवनो नेता एकर जोरदार काट करे ना उतरल त मजबूरी में मल्लिका-ए-हिन्दुस्तान होखे का गलतफहमी में अबहियों जिए वाली सोनिया गाँधी के खुदे मोर्चा सम्हारे उतरे के पड़ल. कहली कि मोदी उनका परिवार के तबाह बरबाद करे में लागल बाड़न. कहली कि मोदी के याद राखे के चाहीं कि ऊ पीएम हउवन कवनो शाहंशाह ना जे लोग उनकर हर बात मान ली.

बाकिर मल्लिका-ए-हिन्दुस्तान के बदकिस्मती कहीं भा अउर कुछ, पिछला सरकार का दौरान जवना तरह से देश के लूटल बरबाद कइल गइल ओह से जनता हर बात मान लेत बिया उनुका खानदान का खिलाफ. लेकिन एगो बात त मानही के पड़ी कि प्रेश्या जमात पर उनकर काबू आजो बनल बा.

पिछला दिने जब सोशल मीडिया में खबर पसरल कि अधिका नशा हो गइला का चलते पप्पू के अस्पताल में भरती करावल गइल बा त मीडिया में कवनो सुगबुहाट ने ना भइल. इहां ले कि एह खबर के कवनो खंडनो सामने ना आइल आ मामिला दबाइले रहि गइल. पता ना खबर झूठ रहल कि साँच. ओही घरी सोनिया गाँधी अस्पताल गइबो कइली त बतावल गइल कि ऊ एगो बलात्कार पीड़िता से भेंट करे गइल रहली.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।