छपरा न्यूज, 29 मई 2016
-

जेपी विश्वविद्यालय के तिसरका दीक्षान्त समारोह में बिहार के राज्यपाल आ कुलाधिपति रामनाथ कोविंद जी का हाथे 14 गो छात्रावन समेत कुल्ह 267 गो विद्यार्थियन के उपाधि दीहल गइल. एह मौका पर कुलाधिपति कोविंद सारण के माटी के सपूतन – देशरत्न राजेन्द्र प्रसाद, मजहरुल हक, गौतम ऋषि, ऋषि दधिचि, राजा मोरध्वज, भिखारी ठाकुर, राहुल सांस्कृत्यायन, आ लोकनायक जयप्रकाश नारायण – के याद करत कहलन कि एह लोगन के आदर्शन के अपना जिनिगी में उतारे के कोशिश करे के चाहीं.

बिहार के तीन गो मेडिकल कॉलेजन में दाखिला पर संकट आ गइल बा. मेडिकल काउन्सिल के कहना बा कि राजकीय मेडिकल कॉलेज बेतिया, पावापुरी मेडिकल कॉलेज अउर अनुग्रह नारायण मेडिकल कॉलेज गया के सीट में बढ़ोतरी ना कघल जा सके. एह कॉलेजन का अलावा छह गो कॉलेजन के सीट बढ़ावे के मंजूरी मिल गइल बा.

सिवान के कुख्यात आ इनामी ओपराधी रईस खां समेत चार गो बदमाशन के शनिचर का साँझे पुलिस सिसवन थाना के ग्यासपुर से गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी पर हत्या आ किडनैपिंग के कई गो केस दर्ज बा.

छपरा सिवान रोड पर रसूलपुर के बंशी छपरा का सोझा एगो औरत के मौत सड़क हादसा में हो गइल. सिवान जिला के हुसेना बंगरा गाँव से ई औरत अपना बेटा आ दावर साथे मोटरसाइकिल से अपना नइहर पचरुखिया जात रहुवे जब एगो ट्रक से धक्का लाग गइल. देवर आ बेटा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

छपरा पुलिस नीतीश सरकार के नशाबंदी लागू करे खातिर मुँहसुंघी अभियान चलावत बिया. बलिया आ देवरिया का तरफ से छपरा ओर आवत रेलगाड़ियन के सवारियन के मुँह सूंघ के पता लगावल जाई कि ई लोग शराब पीयले बा कि ना. शराब के गंध मिलला पर ओह लोग के जेल भेज देत बिया पुलिस.

पत्रकार राजदेव हत्याकांड के मास्टरमाइन्ड लड्डन मियाँ का घरे कुर्की जब्ती करे के आदेश खातिर अदालत से गोहार लगवले बावे पुलिस प्रशासन.

मध्यप्रदेश के एगो फर्जी एनजीओ बिहार के बक्सर जिला में आठ गो हाई स्कूल खोल के दू करोड़ रुपिया से अधिका के गोलमाल क लिहले बावे. अब मामिला के तहकीकात शुरू हो गइल बा.

काल्हु के आन्ही पानी आ ठनका गिरला से नाहियो त पाँच जने के मौत होखे के खबर बा. बक्सर में दू जन के मौत भइल बा.

सारण जिला के मढ़ौरा बिजली आफिस से कर्मचारियन के गोली मार के एक लाख रुपिया लूट ले गइले सँ बदमाश.

रोहतास में विक्रमगंज के शिवपिर गाँव में बिजली के करंट लगला से काल्हु एगो नवही के मौत हो गइल.

केरल में भइल राष्ट्रीय यूथ एथेलेटिक्स में बिहार छह गो पदक जीत के आठवाँ जगहा आइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts