महामृत्युंजय जाप कराए गइल पंडितजी गंगा मे डूबले

वाराणसी 31 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे महामृत्युंजय जाप कराए गइल एगो पंडित जी के गंगा मे डूबला से मौत हो गइल जबकि उनका बाबूजी के गाँव वाले बचा लिहले.

पुलिस बतावत बिया कि आनन्द शंकर पाण्डेय अपना बेटा मनीष पाण्डेय संगे कैथी क्षेत्र मे महामृत्युंजय जाप कराए गइल रहले. बाप बेटा गंगा मे नहाए उतरले त गहीर पानी में चल गइले. ओह लोग के चिल्लाइल सुन गाँव वाले दउड़ले आ आनन्द शंकर के लिहले बाकिर मनीष डूब गइलन. मनीष के शव मिल गइल बा.

एगो दोसरा घटना में लोहता इलाका के कैदौली गांव मे पारिवारिक कलह से आजिज आनन्द प्रसाद सिंह सल्फास खाके जान दे दिहले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।